Search for:
  • Home/
  • समाचार/
  • नल जल योजना के अंतर्गत पाइप बिछा के पटा गईलें ठीकेदार

नल जल योजना के अंतर्गत पाइप बिछा के पटा गईलें ठीकेदार

नल जल योजना के अंतर्गत पाइप बिछा के पटा गईलें ठीकेदार

कहियाले मीली शुद्ध पानी  “ग्रामीण”

देवरिया क्षेत्र लार ग्राम सभा रतनपुरा
नल जल योजना के तहत घर-घर पाइप दौराके ठेकेदार पटा गैलबा गांव क गली-गली उधूक उधूक के सड़कियन के खराब करके रख देले बाडन सब  तब से ग्राम प्रधान सड़किया के ठीक करौला में लागल बा पाइप बिछवा के मार सड़किया उधूक के छोड़ देहले बाडन ब अब एकरा के प्रधान जल्दी-जल्दी ठीक करौला के फेर में लागल बाड़े तबो अबे बहुत जगह वैसे ही पडल बा  इ काम देख के लोग सोचत रहल ह कि गांव में अब शुद्ध पानी मिल जाई आरो के पानी ढोए के ना पड़ी लेकिन काम बंद हो गइला के बाद अब गांव के लोग अगुता गईल बा बोलत बा कि  का जाने कबले इ टंकी बनी और कबले चालू होई कि लोग के शुद्ध पानी मिली कुछ लोग तो पूरनके  कलवा के पनिया पियत बा   कि छोड़ जब बनी तबही देखल जाई  तले ईहे  पनिया चले।  त कुछ लोग बाकी साइकिल औरी  गाड़ी के पीछे डबवा  बांध के आरो के पानी खातिर  लार से मांगावत बा त कई लोग अपने घर में आरो लगवा ले ले बा मगर उ गरीबवन के का होई उ का पीहन सन ओकनी के कौनो बिमारी के डर नइखे का सरकार के काम के देखत बा शुद्ध पानी के ताकते ताकते क ई लोग बिमार पड जाई। इ जाने खातिर ठिकेदार के पास फोन कईले पर  फोनवे रिशिभ ना भईल ।

ए फोटो आ विडियो में देखीं   जहां टंकी बनता एकर चहारदीवारी होगईल बा ई सब  स्कूल के जगह रहल ह  यहां गांव के लईकन  के खेले बदे जगह बचल रहल हा यहां पानी की टंकी बना दीहला से तनी जगहिया कम पड़ गईल बा  हालांकि ये पानी टंकी खातिर गांव के युवा बहुत कोशिश कईलन  सन कि  टंकी कहीं औरी जगह बनवा दिहल जा मगर गांव के जिम्मेदार बा कि इहे जगह चुनलन हवन बहरहाल जल्दी से पानी की टंकी बनो  कि गांव के लोग के शुद्ध जल मिले नाता गांव के लोग अबले उहे पनिया पियतबा जेके डॉक्टर मना करतबा।

See also  खरवनिया नवीन के सरकारी स्कूल के छात्रों ने मनाया विदाई समारोह

Leave A Comment

All fields marked with an asterisk (*) are required